सम्पादकीय

असर संपादकीय: बुरा जिन माना होली —-डॉ एम डी सिंह

WhatsApp Image 2026-09-18 at 12.00.19 PM

 

 

बुरा जिन माना होली —-डॉ एम डी सिंह

ashb advt_page-0001

जोगीरा सरा रा रा जोगीरा सरा रा रा जोगीरा सरा रा रा

सरा रा रा रा रा रा रा रा रा रा रा रा रा सरा रा रा 

जोगीरा सरा रा रा 

 

हाथी हेराइल हाथ पेराइल सइकिल छरक के गिरल 

जहाँ जहाँ खांच भइल कमल क फूल खिलल 

जोगीरा सरा रा रा 

 

चाउर देके गोहूं देके, देके दाल नून तेल 

जोगी बाबा पास हो गइलैं बाको भइलैं फेल 

जोगीरा सरा रा रा 

 

बेमेहरी के दूगो मरदन प मेहरारू भइलीं लट्टू 

बकिया टूकुर-टूकुर ताकैं बनि के उनकर पट्टू 

जोगीरा सरा रा रा 

No Slide Found In Slider.

 

गोवा जितलस मणिपुर जितलस जिलस उत्तराखंड 

उत्तरो प्रदेश जीत के भजपा भइल पंजाब में झंड

जोगीरा सरा रा रा 

 

मोदी गावैं शाह बजावैं जनता देति बा ताल 

जोगी बाबा नाचत बाड़ैं झोर-झोर के झाल 

जोगीरा सरा रा रा 

 

चन्नी चन्ना बेचे गइलैं सिद्धू छिलिहैं बण्डा 

केजरीवाल पंजाब झार लेगइलैं पेस मान क डण्डा 

जोगीरा सरा रा रा 

 

प्रियंका बहिनी हवा भइली मायावती धुआँ 

अखिलेश के आगा योगी खनि दिहलैं कुआँ 

जोगीरा सरा रा रा 

 

योगी योगी परदेस कइलस मोदी मोदी देस 

दुन्नो मिलि के राज करिहैं धरि के जोगिआ भेस 

जोगीरा सरा रा रा 

 

सरा रा रा रा रा रा रा जोगीरा सरा रा रा ———-

Deepika Sharma

Related Articles

Back to top button
Close